Aihe Jaldhari Kare Lyrics by Pawan Singh & Priyanka Singh is latest Bhojpuri song with music also given by Chhotu Ravat. अईह जलढ़ारी करे song lyrics are written by Arun Bihari.

Aihe Jaldhari Kare Song Detail
Singer: Pawan Singh, Priyanka Singh
Composer: Chhotu Ravat
Lyrics by: Arun Bihari
Aihe Jaldhari Kare Pawan Singh
बोलबम बोलबम !
बोलबम बोलबम !
भोरहि शिवाला पs होई बड़ी भीड़ हो
कईसे तू चिन्हबs बा लागल फिकिर हो
ॐ नमः शिवाय !
हां भोरहि शिवाला पs होई बड़ी भीड़ हो
कईसे तू चिन्हबs बा लागल फिकिर हो
अरे गेरुआ कलर लिखल बोलबम ऊपर
जवन देले बानी किन के
अच्छा !
अईह जलढ़ारी करे ऐ जान उहे वाला साड़ी पहिन के
हो….ओ !
अईह जलढ़ारी करे ऐ जान उहे वाला साड़ी पहिन के
पहिन के ! पहिन के !
उहे वाला ! पहिन के !
गोर बाड़ू गेरुआ कलर तोहमे खुली
कs लिहs टिका रगरी चन्दन के गुली
चन्दन के गुली ! चन्दन के गुली !
बोलबम भोले !
हां गोर बाड़ू गेरुआ कलर तोहमे खुली
कs लिहs टिका रगरी चन्दन के गुली
सावन महीना जबसे चढ़ गईल बा
भक्ति आ भाव दिल में भर गईल बा
मंदिर के फेरी तू लगईहs पांच बेरी
अपना अंगूरी पs गीन के
अईह जलढ़ारी करे ऐ जान उहे वाला साड़ी पहिन के
अच्छा !
अईह जलढ़ारी करे ऐ जान उहे वाला साड़ी पहिन के
उहे वाला ! उहे वाला !
बम बम भोले ! बम बम भोले !
साचो कही लागतारु एतना सुन्दर हो
भोला करस केहू के लागे ना नजर हो
लागे ना नजर हो ! लागे ना नजर हो !
हां साचो कही लागतारु एतना सुन्दर हो
आ बाबा करस केहू के लागे ना नजर हो
तोहरे ला भूखल बानी सावनी सोमारी
खुश बा पवन मन अरुण बिहारी
पाके आशीर्वाद रखिहs शिव जी के याद
ना भुलईहs शुभ दिन के
अईह जलढ़ारी करे ऐ जान उहे वाला साड़ी पहिन के
ठीक बा जी !
अईह जलढ़ारी करे ऐ जान उहे वाला साड़ी पहिन के
उहे वाला ! उहे वाला !
ओके !
